तिलक दहेज

0
132
मैट्रिक पास माटी के घर
एको चउकी ना दुअरा पर
बेटिहा के करेले ईहो दुरगतिया
करबि बियाह बाकी लेब फटफटिया।
बीए पास ईंटा के मकान
बेटा बडुए पुलिस के जवान
दुअरा प बान्हल एगो गाय करकटिया
करबि बियाह बाकी लेब फटफटिया।
एम० ए० पास के मत पूछ बात
तिलक मांगसु पाँच लाख
बईठे बडुए ना टुटल एगो खटिया
करबि बियाह बाकी लेब फटफटिया।
बेटहो एकदिन बेटिहा होईहें
उहो दोसरा के दुअरा जईहें
बेटहा के बाउर लागी देवेन्दर के बतीया
करबि बियाह बाकी लेब फटफटिया।
            देवेन्द्र कुमार राय
(ग्राम +पो०-जमुआँव, पीरो, भोजपुर, बिहार

LEAVE A REPLY